Categories
वृक्षमंदिर हिंदी मे Poetry

घुघुआं माना

घुघुआं माना उपजल धाना,

बाबू के छेदा द इहे दूनों काना

खेलत मेलत एक कउडी पउलीं
ऊ कउडिआ गंगा बहउलीं
गंगा माई दिहली बालू
ऊ बलुईआ हम भुजिहरवा के दिहलीं
भुजिहरवा दिहले भूजा
ऊ भुजवा हम राजा के दिहलीं
राजा दिहलें घोड़ा
ओही घोड़े आईला ओही घोड़े जाईला
पुरान भिति गिरतीआ नई भीति उठतिआ
पुलुलुलु

घुघुआं माना उपजल धाना
बाबू के छेदा द इहे दूनों काना

By Vrikshamandir

A novice blogger who likes to read and write and share

Comments are welcome

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Discover more from Vrikshamandir

Subscribe now to keep reading and get access to the full archive.

Continue reading