|

घुघुआं माना

घुघुआं माना उपजल धाना,

बाबू के छेदा द इहे दूनों काना

खेलत मेलत एक कउडी पउलीं
ऊ कउडिआ गंगा बहउलीं
गंगा माई दिहली बालू
ऊ बलुईआ हम भुजिहरवा के दिहलीं
भुजिहरवा दिहले भूजा
ऊ भुजवा हम राजा के दिहलीं
राजा दिहलें घोड़ा
ओही घोड़े आईला ओही घोड़े जाईला
पुरान भिति गिरतीआ नई भीति उठतिआ
पुलुलुलु

घुघुआं माना उपजल धाना
बाबू के छेदा द इहे दूनों काना

Comments are welcome

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.